फ्रीडा पिंटो
भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस / From Wikipedia, the free encyclopedia
फ्रीडा सेलेना पिंटो (जनम 18 अक्टूबर 1984) एक ठो भारतीय अभिनेत्री बाड़ी जे अबतकले मुख्य रूप से अमेरिकी आ ब्रिटिश फिलिम सभ में काम कइले बाड़ी। इनके जनम आ पालन-पोषण मुंबई में भइल आ बचपने में ई निश्चित कर लिहली कि उनके ऐक्ट्रेस बने के बाटे। बिद्यार्थी जीवन में मुंबई के सेंट ज़ेवियर्स कॉलेज में ऊ नाटकन में हिस्सा लें। ग्रेजुएशन के पढ़ाई के बाद कुछ दिन ले मॉडल के काम कइली आ ओकरे बाद टीवी प्रस्तुतकर्ता बन गइली।
फ्रीडा पिंटो | |
---|---|
जनम | फ्रीडा सेलेना पिंटो[1] (1984-10-18) 18 अक्टूबर 1984 (उमिर 39) मुंबई, महाराष्ट्र |
महतारी संस्था | सेंट ज़ेवियर्स कॉलेज, मुंबई |
पेशा | ऐक्ट्रेस, मॉडल |
सक्रियता साल | 2005–अबले |
पिंटो के पहिचान मिलल ब्रिटिश फिलिम स्लमडॉग मिलियनेयर (2008) से, जे इनकर पहिली फिलिम रहल। एह फिलिम में ऊ लतिका के रोल में रहली आ एह फिलिम में उनके काम के बहुत तारीफ भी मिलल। एह फिलिम में काम खातिर, पाम स्प्रिंग इंटरनेशनल फिलिम फेस्टिवल में इनके ब्रेकथ्रू परफौरमेंस अवार्ड मिलल आ ब्रिटिश एकेडमी फिल्म अवार्ड के भी कई ठे श्रेणिन में इनकर नामांकन भइल। एकरे अलावा, इनकर नामांकन ऍमटीवी मूवी अवार्ड्स आ टीन च्वाइस अवार्ड्स खातिर भी भइल। एह फिलिम के बाद पिंटो कई ठे अमेरिकी आ ब्रिटिश प्रोडक्शन में बनल फिलिम सभ में लउकली, जवना में ई कई बेर सहजोगी कलाकार के रोल में भी रहली। पिंटो के सभसे बड़ सफलता मिलल साइंस फिक्शन फिलिम राइज ऑफ दि प्लैनेट ऑफ एप्स (2011) से। एकरा बाद, पिंटो के ब्यापक पहिचान मिलल जब ऊ माइकल विंटरबॉटम के फिलिम तृष्णा (2011) में टाइटिल कैरेक्टर के रोल कइली। अगिली फिलिम डेजर्ट डांसर (2014) में इनके परफारमेंस के समालोचक लोग भी सराहल।
हालाँकि, बिदेसी फिलिम सभ में भारतीय नारी के रूढ़ पहिचान तूरे खातिर भारतीय मीडिया पिंटो के तारीफ कइलस बाकिर अभिन ले भारतीय सिनेमा में उनके एह हिसाब से कम पहिचान मिलल बाटे। अपना फिलिम कैरियर के आलावा ऊ नारी सशक्तीकरण खातिर आवाज उठावे आ अन्य मानवतावादी मुद्दा सभ के परमोशन से भी जुड़ल बाड़ी।