भारत के सीमा
भारत देस के पड़ोसी देसन के साथे राजनीतिक सीमा (बाडर सभ) / From Wikipedia, the free encyclopedia
भारत के सीमा सभ में एकर जमीनी सीमा आ समुंद्री सीमा दुनों सामिल बा। भारत सरकार के घर मंत्रालय के अनुसार भारत के कुल जमीनी सीमा 15,106.7 किमी बा आ समुंद्री किनारा (कोस्टलाइंस) के लंबाई 7,516.6 किलोमीटर बाटे।[1] भारत के जमीनी सीमा कुल आठ देसन के साथे बने ला आ समुंदरी सीमा कुल सात देसन के संघे बने ला; एह तरीका से कुल दस देसन के साथे भारत के सीमा बने ला (जिनहन में कुछ के साथ समुंदरी आ जमीनी दुनों सीमा बाटे)।