From Wikipedia, the free encyclopedia
1896-97 के अकाल भारत में आइल एक ठो अकाल रहल, जेकर सुरुआत भारत के बुंदेलखंड इलाका से 1896 के सुरुआती महीना में सुरू भइल आ एकरा बाद ई कई राज्यन में पसर गइल। मुख्य रूप से परभावित होखे वाला राज्य संजुक्त प्रांत, मध्य प्रांत आ बिरार, बिहार, बॉम्बे आ मद्रास प्रेसिडेंसी के कुछ इलाका, आ पंजाब के हिसार रहे; एकरे अलावा, राजपुताना, मध्य भारत एजेंसी, आ हैदराबाद के राजघराना राज्य भी परभावित भइल रहलें।[1] कुल मिला के अपना दू बरिस के समय में एह अकाल से कुल 307,000 वर्ग मील (800,000 किमी2) इलाका आ 69.5 मिलियन जनसंख्या[2] प्रभावित भइल।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.