भारतीय मानक समय
From Wikipedia, the free encyclopedia
भारतीय मानक समय (अंग्रेजी: Indian Standard Time) या आइऍसटी (IST) एक ठो समय हवे जे भारत आ श्री लंका में मानक समय के रूप में मानल जाला, आ एकर टाइम ऑफसेट यूटीसी+05:30 हवे। भारत में डेलाइट बचत समय (DST) या कौनों अन्य सीजनल बदलाव ना कइल जाला। मलेटरी आ एविएशन में आइएसटी के E* ("एको स्टार") के नाँव से पहिचानल जाला।[1]
भारतीय मानक समय के गणना 82.58° पूर्ब देशांतर, जे शंकरगढ़ किला, मिर्जापुर (25.15°N 82.58°E / 25.15; 82.58) (उत्तर प्रदेश के मिर्जापुर जिला में मौजूद) से होला जे लगभग ओही रेखा पर बाटे जवना के संदर्भ देशांतर मानल जाला।[2]
टीजेड डेटाबेस में एकरा के एशिया/कोलकाता के नाँव से पहिचानल जाला।