भारतीय रुपिया
From Wikipedia, the free encyclopedia
भारतीय रुपिया (चीन्हा: ₹; कोड: INR), भारत गणतंत्र के ऑफिशियल करेंसी हवे। एक रुपिया के 100 पइसा में बाँटल जाला, हालाँकि, 25 पइसा या एकरा से कम कीमत के पइसा वाला सिक्का साल 2011 के बाद से अब लीगल टेंडर नइखे रह गइल। एह करेंसी के नियंत्रण भारतीय रिजर्व बैंक करे ला।[3] रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया एक्ट, 1934 से रिजर्व बैंक के भारतीय करेंसी के नियंत्रण आ ब्यवस्थापन के अधिकार मिलल हवे। एकर नाँव "रुपिया" सुल्तान शेर शाह सूरी के जारी कइल चानी के सिक्का, जवना के रुपिया कहल जाव, के नाँव पर पड़ल हवे।
भारतीय रुपिया | |
---|---|
| |
ISO 4217 | |
कोड | INR |
नंबर | 356 |
घातांक | 2 |
डिनॉमिनेशन | |
छोट इकाई | |
1/100 | पइसा |
चीन्हा | ₹ |
पइसा | p |
बैंकनोट | |
ढेर चलन में | ₹10, ₹20, ₹50, ₹100, ₹500, ₹2000 |
कम चलन में | ₹1, ₹2, ₹5 |
सिक्का | |
ढेर चलन में | ₹1, ₹2, ₹5, ₹10 |
कम चलन में | 50प |
जनसंख्या आँकड़ा | |
ऑफिशियल इस्तेमाल | भारत |
गैर-ऑफिशियल | भूटान[टीप 1] नेपाल[टीप 2] जिम्बाब्वे[टीप 3][1] |
ढलाई/छपाई | |
सेंट्रल बैंक | भारतीय रिजर्व बैंक |
छापे वाला | भारतीय रिजर्व बैंक |
वेबसाइट | www |
टकसाल | भारत सरकार टकसाल |
वेबसाइट | www |
कीमत | |
इनफ्लेशन | 4.9%, 2015-16 |
स्रोत | RBI - Annual Inflation Report |
तरीका | CPI[2] |
समकक्ष | भूटानी न्गुल्त्रम (बरोबर) नेपाली रुपिया (1 INR = 1.6 NPR) |
|
साल 2010 में, एक ठो नया चीन्हा आधिकारिक तौर पर अंगीकार कइल गइल। ई चीन्हा देवनागरी लिपि के "र" अक्षर आ रोमन "R" (आर) के मिलल जुलल रूप हवे। ऊपर दू गो पट रेख बाड़ी जिनहन से भारत के तिरंगा झंडा के भान होखेला। एह चीन्हा वाला सिक्का सभ के पहिली लाट आठ जुलाई 2011 से चलन में आइल।
8 नवंबर 2016 के मोदी सरकार के एक ठो बड़ फैसला में पुरान 500 आ 1000 रुपिया के नोटबंदी के घोषणा कइल गइल आ ई ओही रात से लागू क दिहल गइल। एकर कारण, काला धन पर रोक लगावल, बतावल गइल। बाद में कैशलेस अर्थब्यवस्था के ओर आगे बढ़े खातिर उठावल गइल कदम के रूप में एह नोटबंदी के परचार कइल गइल। एही के बाद पुरनका 500 के जगह पर नया सीरीज के नोट आइल आ पहिली बेर 2000 रुपिया के नोट भी चलन में आइल। एह नया नोट सभ के डिजाइन छोट कीमत वाला नोट सभ पर भी लागू होखी।