मई दिवस
From Wikipedia, the free encyclopedia
ई लेख परंपरागत यूरोपीय तिहवार खातिर बाटे, मजदूर दिवस आ आफत के स्थिति में दिहल जाए वाला सिग्नल मेडे के एकरा से अलग बूझल जाय।
मई दिवस, पहिली मई के मनावल जाये वाला एगो पुरान तिहवार हवे जवन यूरोप में बसंत के उत्सव में से एक हवे आ बहुत जगह एह दिन छुट्टी भी होला। नाच गाना के साथ एह तिहवार के मनावल जाला।
उनईसवीं सदी के अंत के काल में मई दिवस के दिने अंतरराष्ट्रीय मजदूर दिवस के रूप में मनावे के घोषणा सोशलिस्ट आ कम्युनिस्ट लोग सेकेंड इंटरनेशनल में कइल। एह दिन के चुनाव शिकागो में भइल हेमार्केट घटना के कारण कइल गइल, जौना में पुलिस द्वारा आंदोलन आ हड़ताल करे वाला मजदूर लोग पर गोलीबारी में कई लोग के जान गइल रहे।[1]