यूरोप के परंपरागत रूप से सात गो महादीपन में से एगो मानल जाला। ई यूरेशिया भूखण्ड क पच्छिमी हिस्सा हवे जवन कई गो प्रायद्वीप से मिल के बनल बा आ एही से एके "प्रायदीपन क प्रायदीप" कहल जाला। ई बिस्व क सभसे छोट महादीप हवे। यूरोप के अफिरका महादीप से भूमध्य सागर अलगा करे ला, एकरी पच्छिम ओर अटलांटिक महासागर बाटे आ उत्तर ओर आर्कटिक सागर।
यूरोप क पूरबी सीमा आमतौर पर यूराल परबत के मानल जाला आ दक्खिनी पूरबी इलाका में यूराल नदी के, हालाँकि रूस देस क बिस्तार यूरोप आ एशिया दुनूं महादीपन में बाटे।
यूरोप की भूगोल मुख्य महत्व एकरी खुद कि इतिहास आ पूरा दुनिया की इतिहास आ भूगोल पर परभाव की कारण बाटे। ई दुनिया क दूसरा सभसे छोट महाद्वीप हवे बाकी इहाँ क लोग ओउर दुनियां में जा के आपन उपनिवेश बना के शासन कइलें। आज पाश्चात्य संस्कृति जेवन यूरोप क पैदावार हवे पूरा दुनिया में अस्थापित हो गइल बा या फिर बाकी संस्कृतिन की तत्वन के परभावित करत बाटे।[1]