रोसाइड
From Wikipedia, the free encyclopedia
रोसाइड (अंगरेजी:Rosids) बनस्पति बिज्ञान के बर्गीकरण में, फूलदार पौधा सभ के एगो उप-समूह यूडिकॉट्स के हिस्सा हवे आ एह में लगभग 70,000 प्रजाति आवे लीं,[1] जे फूलदार पौधा सभ के लगभग एक चउथाई हिस्सा बा।[2]
एह समूह के 16 से 20 कुल सभ में बाँटल जाला, आ एह में तकरीबन 140 परिवार सामिल बाने।[3]
बैज्ञानिक अनुमान के हिसाब से एह समूह के पौधा सभ के उत्पत्ती अबसे 125 आ 99.6 मिलियन साल पहिले, क्रीटैशियस काल में भइल रहे।[4][5]