वायरस
From Wikipedia, the free encyclopedia
वायरस चाहे वाइरस (अंग्रेजी: Virus) बहुत सूछ्म आकार के रोगकारी होलें जे इन्फेक्शन करे लें आ कौनों जिंदा जीवधारी के कोशिका (सेल) में आपन संख्या बढ़ावे लें। वायरस सभ कौनो भी किसिम के जीवधारी के शरीर में प्रवेश क के इन्फेक्शन क सके लें, एह में जानवर आ पेड़-पौधा से ले के सूछ्मजीव सभ जइसे कि बैक्टीरिया आ आर्काइया भी शामिल बाड़ें जे इनहना से परभावित हो सके लें।[1]
जब दमित्री इवानोव्सकी के 1892 के लेख में बैक्टीरिया के अलावा दुसरे किसिम के रोगकारी के बारे में छपल जवना से तमाकू के पौधा परभावित होखे आ एकरे बाद मार्टिनस बेइजरिंक 1898 में टोबैको मोजैक वायरस के पहिचान कइलें[2] तबसे ले के अबतक ले 5,000 से बेसी वायरस प्रजाति सभ के बिस्तृत बिबरन दिहल जा चुकल बाटे,[3] जबकि पर्यावरण में कई लाख किसिम के वायरस मौजूद बाड़ें।[4] वायरस पृथ्वी के लगभग हर किसिम के इकोसिस्टम में पावल जालें आ ई जीव जगत के सदस्य सभ में सभसे बेसी के संख्या वाला प्रकार हवे।[5][6] वायरस के अध्ययन करे वाली शाखा के वाइरोलॉजी भा वायरोलॉजी कहल जाला जे माइकोबायोलॉजी (सूछ्मजीवबिज्ञान) के उपशाखा हवे।