सनातनी
हिंदू लोगन के एगो शाखा / From Wikipedia, the free encyclopedia
सनातनी शब्द के इस्तेमाल भारतीय उपमहादीप में दू प्रमुख अरथ में होखे ला - ओह लोग खाती जे अपना के सनातन धर्म के माने वाला कहे ला, आ कबो-कबो खुद सनातन धर्म खाती भी जे हिंदू धर्म के एगो रूढ़िवादी शाखा भा मत हवे।
एह शब्द के उत्पत्ती के बारे में मानल जाला कि परंपरावादी हिंदू लोग अपना धरम खाती "हिंदू" शब्द के इस्तेमाल से बचे खाती एह शब्द के इस्तेमाल शुरू कइल, काहें से कि "हिंदू" शब्द संस्कृत मूल के ना मानल जाला बलुक बिदेसी शब्द मानल जाला। हिंदू धरम के दू भाग में बिभाजन, मध्य काल के संत लोग द्वारा बिबिध ब्याख्या आ ओकरे बाद के जमाना में भइल हिंदू धर्म सुधार के परिणाम के कारण बनल शाखा भा मत सभ से पुराना जमाना के चलल आ रहल परंपरागत रीति-रिवाज वाला शाखा के अलगा करे खाती भी कइल जाला; एह बिभाजन में परंपरागत मत के सनातनी आ बाद वाला सभ के समाजी शाखा के रूप में देखल जाला। हालाँकि, दक्खिन भारत में शैव, वैष्णव आ शाक्त के बिभाजन प्रमुख रूप से स्वीकार कइल जाला, उत्तर भारत में सनातनी आ समाजी के बिभाजन प्रबल रूप लिहलस जेह में बाकी के ऊपर बतावल बिभाजन सभ के आपस में घालमेल हो गइल। कुछ बिद्वान लोग एकरा के ईसाई धर्म के कैथोलिक आ प्रोटेस्टेंट रुपी बिभाजन से भी तुलना करे ला।