स्ट्रॉम्बोली
From Wikipedia, the free encyclopedia
From Wikipedia, the free encyclopedia
स्ट्राम्बोली (अंग्रेजी: Stromboli, /ˈstrɒmbəli/ STROM-bə-lee स्ट्रॉम्बली) टाइरेनियन सागर में, सिसिली टापू के उत्तर में एगो छोट दीप बाटे जेहपर माउंट स्ट्राम्बोली ज्वालामुखी परबत बाटे। स्ट्राम्बोली ज्वालामुखी, इटली के तीन गो सक्रिय ज्वालामुखी सभ में शामिल बाटे। ई दीप इटली के एओलियन दीप समूह के हिस्सा हवे जेकरा के लिपारी समूह भी कहल जाला।
Stromboli | |
---|---|
Highest point | |
ऊँचाई | 924 मी (3,031 फीट) [1] |
टोपो प्रामिनेंस | 924 मी (3,031 फीट) [1] |
लोकेशन (भूगोलीय) | 38°47′38″N 15°12′40″E |
भूगोल | |
एओलियन दीपसमूह, सिसिली के उत्तर में (इटली) | |
Geology | |
चट्टान के उमिर | Unknown |
परबत प्रकार | स्ट्रेटावल्कैनो |
अंतिम बिस्फोट | 1934 से अबतक ले |
चढ़ाई | |
सहज रूट | Hike |
दीप के कुल रकबा 12.6 वर्ग किलोमीटर (4.9 वर्ग मील) बाटे,[2] ई ज्वालामुखी परबत के एक तिहाई अइसन हिस्सा जे समुंद्र तल से ऊपर बा, से बनल दीप हवे, बाकी दू तिहाई हिस्सा समुंद्र के भीतर बाटे। 2016 में एह दीप के आबादी 500 रहल।[3] एह ज्वालामुखी में कई बेर बिस्फोट भइल बाटे आ छोट-छोट बिस्फोट सभ के मामिला में ई लगभग लगातार सक्रीय रहे ला आ ई एह दीप के कई हिस्सा सभ से देख्लाई पड़े लें आ आसपास के समुंदरी इलाका से भी लउके लें; एही के चलते एकरा के "लाइटहाउस ऑफ़ द मेडिटेरेनियन" (भूमध्यसागर के लाइटहाउस) नाँव दिहल गइल हवे।[4]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.