हवा प्रदूषण
पृथ्वी के वायुमंडल में नोक्सान्देह चीजन के परवेश / From Wikipedia, the free encyclopedia
हवा परदूषण भा वायु प्रदूषण धरती के वायुमंडल में मौजूद हवा में नोकसानदेह चीजन के प्रवेश होखे वाला परदूषण हवे। हवा में पहुँचे वाला ई महीन कण सभ आ जीवीय कण सभ बेमारी, एलर्जी पैदा क सके लें आ मौत के कारण बन सकेलें जबकि प्राकृतिक पर्यावरण के बाकी जिंदा जिया-जंतु आ बनस्पति के सेहत पर भी खराब असर डाल सके लें, आ मनुष्य निर्मित पर्यावरण के तत्व सभ के भी नोकसान पहुँचा सके लें। हवा प्रदूषण के वजह मनुष्य के काम भी हो सके ला, जइसे कि चिमनी से निकले वाला धुँआ; आ ई प्राकृतिक घटना सभ के कारण भी हो सके ला, उदाहरण खातिर ज्वालामुखी से निकले वाली नोकसानदेह गैस से भी हो सके ला।
साल 2008 के एक ठो रपट में, घरभितरिया हवा परदूषण आ खराब शहरी हवा गुणवत्ता, दुनों के सभसे खराब किसिम के जहरीला परदूषण के रूप में निशानदेही कइल गइल बा।[1] 2014 में आइल बिस्व स्वास्थ संगठन के रपट में बतावल गइल बा कि साल 2012 में पूरा दुनिया भर में 70 लाख लॉग के मौत भइल,[2] एह अनुमान से मिलत जुलत आँकड़ा अंतर्राष्ट्रीय ऊर्जा एजेंसी के भी रहल।[3][4]