आम
एगो फल / From Wikipedia, the free encyclopedia
आम एक ठो कोइली वाला फल हवे। एकर बड़हन आकार के ऊँच फेड़ होला। आम के फेड़ के बनस्पति बिज्ञान के बर्गीकरण में मैंगीफेरा जाति में रखल जाला। ई गरम इलाका सभ में पैदा होखे हवे आ एकरे फल खातिर बगइचा लगा के खेती होला। आम के कइयन गो प्रजाति सभ प्रकृति में जंगली तरीका से भी पावल जालीं।
आम Mango | |
---|---|
फल | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | प्लांटाई |
(बिना रैंक कइल): | एंजियोस्पर्म Angiosperms |
(बिना रैंक कइल): | यूडिकॉट्स Eudicots |
(बिना रैंक कइल): | रोसाइड Rosids |
ऑर्डर (Order): | सैपिंडेल्स Sapindales |
परिवार: | एनाकार्डियासिया Anacardiaceae |
जाति (Genus): | मैंगिफेरा |
प्रजाति: | मैंगिफेरा इंडिका |
दूपद नाँव | |
मैंगिफेरा इंडिका Mangifera indica लिंनायस | |
अउरी दूसर नाँव | |
Mangifera austro-yunnanensis (मैंगिफेरा ऑस्ट्रो-युन्नानेसिस)हू[1] |
बनस्पति बिज्ञान के बर्गीकरण के हिसाब से एह जाति के सगरी पौधा एनाकार्डियासिया परिवार के सदस्य हवें, जेवना में काजू नियर अन्य कई गो फेड़ भी शामिल बाने। आम दक्खिनी एशिया, मने की भारत आ आसपास के देस सभ, के मूल पैदावार हवे[2][3] जहाँ से "भारतीय आम" (मैंगीफेरा इंडिका) बाकी जगह पहुँचल आ आज के समय में गरम प्रदेसन में एही फल के खेती सभसे ढेर हो रहल बाटे।
आम भारत, पाकिस्तान आ फिलिपींस के राष्ट्रीय फल हवे आ बांग्लादेश के राष्ट्रीय फेड़ हवे।[4]