केरल
भारत के राज्य / From Wikipedia, the free encyclopedia
केरल दक्खिन भारत में मालाबार किनारा पर एगो राज्य बा आ एकर राजधानी तिरुअनंतपुरम (त्रिवेंद्रम) शहर बा। एह राज्य के गठन 1 नवंबर 1956 के भइल जब भारत के राज्य पुनर्गठन आयोग अधिनियम द्वारा मलयालम भाषा बोले वाला लोग के इलाका के एगो अलगा से राज्य के दर्जा दिहल गइल। लगभग 38,863 किमी2 (15,005 वर्ग मील) रकबा के बिस्तार वाला ई राज्य उत्तर आ उत्तर-पूरुब में कर्नाटक, दक्खिन पूरुब में तमिलनाडु आ पछिम ओर लक्षदीप सागर से घेराइल बा। लक्षदीप सागर मूल रूप से अरब सागर के हिस्सा हवे आ एह किनारा के मालाबार किनारा कहल जाला। केरला के कुल जनसंख्या, 2011 के जनगणना के मोताबिक 33,387,677 बा आ एह राज्य के प्रशासन के हिसाब से 14 गो जिला में बाँटल गइल बा। मलयालम इहाँ के सभसे चलनसार भाषा आ ऑफिशियल भाषा हवे।
Quick Facts केरल, देस ...
केरल | |
---|---|
[[File:Kerala jejdhdhdhdbdhd Hsjdhdhouseboat.jpg|250px|केरल में एगो हाउसबोट]] | |
Coordinates (तिरुवनंतपुरम): 8.5°N 77°E / 8.5; 77 | |
देस | भारत |
राज्य के दर्जा | 1 नवंबर 1956 |
राजधानी | तिरुवनंतपुरम |
जिला | 14 |
Area | |
• Total | 38,863 किमी2 (15,005 बर्ग मील) |
• Rank | 22वाँ |
Highest elevation | 2,695 m (8,842 ft) |
Lowest elevation | −2.2 m (−7.2 ft) |
Population (2011)[1] | |
• Total | 33,387,677 |
• Rank | 13वाँ |
• Density | 860/किमी2 (2,200/बर्ग मील) |
Demonyms | केरलाइट, मलयाली |
GDP (2018–19) | |
• कुल | ₹7.73 lakh करोड़ (US$110 बिलियन) |
• प्रति ब्यक्ति | ₹162,718 (US$2,300) |
Time zone | UTC+05:30 (IST) |
HDI | 0.712 (हाई) |
HDI रैंक | पहिला (2015) |
साक्षरता | 93.9% (पहिला) (2011) |
भाषा | मलयालम, अंग्रेजी[4][5][6] |
Website | kerala |
Close