दुधवा टाइगर रिजर्व
उत्तर प्रदेश में एगो टाइगर रिजर्ब / From Wikipedia, the free encyclopedia
दुधवा टाइगर रिजर्ब उत्तर प्रदेश के तराई इलाका में, नेपाल बाडर के लगे, लखीमपुर खीरी आ बहराइच जिला में एगो टाइगर रिजर्व बा। एग टाइगर रिजर्व के अंदर दुधवा नेशनल पार्क, किशनपुर आ कतरनियाघाट बनजीव बिहार सामिल बाड़ें। एकर कुल रकबा 1,284.3 किमी2 (495.9 वर्ग मील) आ एह में तीन गो बड़हन जंगल वाला हिस्सा सामिल बाड़ें जिनहन के बीचा में खेती-बारी वाली जमीन बाटे। एकर उत्तरी-पुरबी सीमा नेपाल देस के साथे सझिया बाटे आ काफी दूरी ले ई मोहाना नदी के सहारे बने ले। पूरा एरिया तराई के अल्यूवियल (जलोढ़) मैदान हवे जहाँ से कई गो छोट नदी पास होखे लीं आ आपन बाढ़ के मैदान बनावे लीं। एह बाढ़ के मैदान के ऊँचाई के रेंज 110 से 185 मी (361 से 607 फीट) बाटे।[1]
Quick Facts दुधवा टाइगर रिजर्व, लोकेशन ...
दुधवा टाइगर रिजर्व | |
---|---|
आइयूसीएन श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
उत्तर प्रदेश में लोकेशन | |
लोकेशन | लखीमपुर खीरी आ बहराइच जिला, उत्तर प्रदेश, भारत |
भूगोलीय निर्देशांक | 28°31′N 80°41′E |
रकबा | 1284.3 |
स्थापना | 1987 |
www |
Close