मकर संक्रांति
हिंदू तिहुआर / From Wikipedia, the free encyclopedia
पकवान खातिर, देखल जाय खिचड़ी। खगोलीय घटना खातिर, देखल जाय उत्तरी संक्रांति। यूपी बिहार के तिहुआर खातिर, देखल जाय खिचड़ी (तिहुआर)।
खिचड़ी या मकर संक्रांति हिंदू लोगन क प्रमुख पर्व ह। मकर संक्रान्ति पूरा भारत आ नेपाल में कौनों न कौनों रूप में मनावल जाला। माघ मास में जब सूरज मकर राशि में आवेला तबे इ पर्व मनावल जाला। इ त्योहार जनवरी महिना की चौदहवां या पन्द्रहवां दिनें पड़ेला काहें कि एही दिन के सूर्य धनु राशि के छोड़के मकर राशि में प्रवेश करे ला।[1][2] मकर संक्रान्ति की दिन से ही सूर्य क उत्तरायण गति भी शुरू हो जाला। एहीसे ए पर्व के कहीं-कहीं उत्तरायणी भी कहल जाला। तमिलनाडु में एके पोंगल नामक उत्सव की रूप में मनावल जाला जबकि कर्नाटक, केरल तथा आंध्र प्रदेश में एके खाली संक्रांति कहल जाला।
Quick Facts मकर संक्रांतिखिचड़ी सकरात, अन्य नाँव ...
Close