![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/d/d2/Pichavaram_1.jpg/640px-Pichavaram_1.jpg&w=640&q=50)
मैंग्रोव बन
समुंद्र के किनारे ज्वारभाटा क्षेत्र के बन जिनहन में नमकीन पानी आ कम आक्सीजन के सहे के गुण वाली मै / From Wikipedia, the free encyclopedia
मैंग्रोव बन समुंद्र के तीरे के ज्वारभाटा क्षेत्र वाला नम, दलदली इलाका के बन हवें जहाँ मुख्य बनस्पति मैंग्रोव होखे ले। मैंग्रोव बनस्पति में अइसन छोट-छोट पेड़-पौधा आवे ले जे नमकीन पानी के सह सके लें आ समुंद्री लहर के मार झेल सके लें; समुंदरी तीरे के कठिन इलाका सभ में आपन बिकास क सके लें। चूँकि, मैंग्रोव सभ बहुत ठंढा तापमान में ना रह सके लें मैन्ग्रोव बन सभ के बितरण उष्णकटिबंधी आ उपोष्ण कटिबंधी इलाका में पावल जाला।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/d/d2/Pichavaram_1.jpg/640px-Pichavaram_1.jpg)
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/c/cc/Karte-Biom-Mangrove.png/640px-Karte-Biom-Mangrove.png)
मैन्ग्रोव सभ के 80 से बेसी प्रजाति चिन्हित कइल गइल बाड़ीं। ई सगरी प्रजाति सभ समुंदर के नमकीन पानी के सह सके लीं, ज्वारभाटा क्षेत्र में कम आक्सीजन वाला दलदली इलाका में जिंदा रह सके लीं।
पर्यावरण के हिसाब से मैंग्रोव बन चाहे मैंग्रोव जंगल सभ के कई महत्व वाला रोल बाड़ें। ई समुंद्र के किनारा के रक्षा करे लें, बहुत सारा जीव सभ के आवास उपलब्ध करावे लें आ इनहन के दलदली इलाका नीला कार्बन (ब्लू कार्बन) के भंडार के रूप में जलवायु बदलाव के रोके में मददगार होखे ला।
गंगा, ब्रह्मपुत्र आ मेघना नदी के डेल्टा वाला इलाका में, भारत आ बांग्लादेस में फइलल, सुंदरबन दुनियाँ के सभसे बड़हन मैंग्रोव बन हवे।[1]