![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/5/53/Mississippi_Delta_IR.jpg/640px-Mississippi_Delta_IR.jpg&w=640&q=50)
मिसिसिपी डेल्टा
मिसिसिपी नदी के डेल्टा / From Wikipedia, the free encyclopedia
मिसिसिपी नदी डेल्टा एगो नदी डेल्टा हवे जे मिसिसिपी नदी के समुंदर में मिले के अस्थान पर बने ला, मेक्सिको के खाड़ी में बने वाला ई डेल्टा के इलाका अमेरिका के दक्खिनी-पूरबी हिस्सा में लुइसियाना राज्य में पड़े ला। एह डेल्टा के बिस्तार three-मिलियन-एकड़ (4,700 वर्ग मील; 12,000 किमी2) रकबा पर बा जे वरमिलियन के खाड़ी से ले के चैंडेल्योर दीप तक ले पसरल बाटे।[1] ई नदी डेल्टा मैक्सिको के खाड़ी के आ लुइसियाना के समुंद्र किनारे के नम-मैदान के हिस्सा हवे।[2] अमेरिकी भूबिज्ञानिक सोसाइटी (USGS) के मोताबिक ई डेल्टा दुनियाँ के सभसे बड़ डेल्टा सभ में 7वाँ अस्थान पर बाटे जहाँ 2.7 मिलियन एकड़ (4,200 वर्ग मील; 11,000 किमी2) एरिया पर समुंद्र-तटीय नम-मैदान बाड़ें आ अमेरिका के मुख्य भूमि के एश्चुअरी-दलदल सभ के 37% हिस्सा एहिजे बा।[1] ई समुंद्र-तीरे के इलाका अमेरिका के मुख्य भूईं के सभसे बड़का बहाव थाला हवे आ लगभग मुख्य भूमि के 41% एरिया के जलबहाव के मैक्सिको के खाड़ी में चहुँपावे ला जेकर रफ्तार 470,000 cubic feet per second (3,500,000 यूएस गैलन/s; 13,000,000 L/s) होखे ले।[3][4][5]
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/5/53/Mississippi_Delta_IR.jpg/640px-Mississippi_Delta_IR.jpg)
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/a/a0/Mississippi_delta_from_space.jpg/640px-Mississippi_delta_from_space.jpg)
हाले में एगो खबर आइल रहल कि एह डेल्टा के एगो शहरी इलाका में महात्मा गाँधी के मूर्ती लगावल जाई।[6]